ब्यूटी बनावल सब दह गईल रे
कहा केमरवा वाला रह गईल रे
त सीन छूट जाई दूल्हा परीछे वाला
ए गोरी हमही हइ फोटो खींचे वाला
पहिले पीछे वाला लिही की बीचे वाला
गलती ला अंगने मे करs ना मीटिंग
छूटी जवन होई बाद मे एडिटिंग
लेके केमरे से मुहवा पर मार दिही का
तहार कुल इजतीया उतार दिही का
होता झगड़ों रिकार्ड किच किचे वाला
ए गोरी हमही हइ फोटो खींचे वाला
पहिले पीछे वाला लिही की बीचे वाला
ठिके बा केमरा हो ठीके बा भेपर
तब काहे आवे हो मुह तोहर टेपर
आईल निक्की निहाल बारs सटा मे
प्रमोद बान्ध के मारब हम दुपाट्टा मे
त अभी लेम उपर भोरे नीचे वाला
ए गोरी हमही हइ फोटो खींचे वाला
पहिले पीछे वाला लिही की बीचे वाला
0 Comments